Silvatiya
Popularity · Low
YouTube
Searching YouTube...
Lyrics
ओही सिलवटिया
गोतिनिया
गोतिनिया
Music by Aarya Sharma
गोतिनिया
जवना सिलवट पीसीं हम छापे ला हरदिया हो
कि ओही सिलवटिया
जवना सिलवट पीसीं हम छापे ला हरदिया हो
कि ओही सिलवटिया
देयदिनिया पीसे मरिचा ओही सिलवटिया
गोतिनिया पीसे मरिचा ओही सिलवटिया
गोतिनिया पीसे मरिचा
गोतिनिया पीसे मरिचा
बहार फेंको रे
हाँ हाँ बहार फेंको रे
अइसन घरवा के बर्हनी बहार फेंको रे
आरे, देखिये के जरता इहाँ के सब लोग
हम केकर का बिगड़ले बानी
बड़ होके गारिये से बात ऊ करेली हम मुँहवा सम्हरले बानी
जवना बाल्टी भरीं हम पीये खाति पनिया हो
कि ओही रे बलटिया
देयदिनिया फींचे कपड़ा ओही रे बलटिया
गोतिनिया फींचे कपड़ा ओही रे बलटिया
गोतिनिया फींचे कपड़ा
भोगी दुख सगरी
भोगी दुख सगरी
हो एसे नीमन रहे नइहर नगरी
शुरूए से झगड़ा ना कइले बानी
एही से ऊ हमरा प बीस पड़ेली
हमरे समान जाईं उनका से माँगे त
हमरे प खीस करेली
जवने कठवत सानीं हम गेहुँआ के आटा हो
कि ओही कठवतिया
देयदिनिया साने मैदा ओही कठवतिया
गोतिनिया साने मैदा ओही कठवतिया
गोतिनिया साने मैदा
ओही सिलवटिया
गोतिनिया
गोतिनिया
गोतिनिया
ऊ रोजीना लड़ेली
तान सीना लड़ेली
हो लेके झुर वाला झगड़ा रातो दिना लड़ेली
(दिना लड़ेली)
हमरे दउरिया में डाल के चिउड़िया
ऊ छत प सुखावेली
आ हम जाईं माँगे जदि कवनो समनवा
बहनवा बनावेली
जवने दुअरवा हम बान्हिले बकरिया हो
कि ओही रे दुअरवा
देयदिनिया बान्हे गइया ओही रे दुअरवा
गोतिनिया बान्हे गइया ओही रे दुअरवा
गोतिनिया बान्हे गइया