Skip to content
Lyric
Dive
Public playlists
My playlists
Search
Sign in
Piya Gulari Ke Phool
Om Prakash Diwana
Popularity · Low
+
🇮🇳 Hindi · Original
0
0
YouTube
Searching YouTube...
Lyrics
Original
Translation
Bilingual
Hello
Hello
Khinu
अरे, का भइल हो?
रोवऽ तारू?
कोई मरले बा कि कोई गरियवले बा?
कोई डाँटले-बोलले नइखे नू? (नाहीं)
फिर रोवत काहे बाड़ू?
कुछू ना, जाए दी
Phone रखऽ तानी, रउवा आपन काम करीं
हम तोहके रोवत छोड़ के phone कइसे रख सकीला?
काम करे में तनिको मन लागी?
रोना-धोना बंद करऽ आ बोला
कि काहे खातिर phone कइलू ह?
ली सुनी
छोड़ी गवना हरी मेहरिया
छोड़ी गवना हरी मेहरिया
पिया भइलऽ गुलरी के हो फूल
(छोड़ी गवना हरी मेहरिया)
(छोड़ी गवना हरी मेहरिया)
(पिया भइलऽ गुलरी के हो फूल)
(छोड़ी गवना हरी मेहरिया)
कवनी सवतिया मनले बवतिया?
अपनी गुजरिया के गइलऽ तू भूल
सूनी-सूनी लागेले सेजरिया
सूनी-सूनी लागेले सेजरिया
पिया भइलऽ गुलरी के हो फूल
(सूनी-सूनी लागेले सेजरिया)
(सूनी-सूनी लागेले सेजरिया)
(पिया भइलऽ गुलरी के हो फूल)
(सूनी-सूनी लागेले सेजरिया)
ए सोना, गुलरी के फूल कहाँ भइल बानी?
काहे? रउवा के तो video call पे बतियावल तो दूर बात
कबो फोनवो करे नी?
जब करेनी तो हमहीं करेनी
रानी, अपने धुनबू कि हमरो सुनबू?
हाँ, कबो phone त करबे ना करेनी
जब हम करेनी तो हमरे के सुनावे लगेनी
सुनऽ
दूरिया बनावेले मजबूरिया
दूरिया बनावेले मजबूरिया
घरवा छोड़ावेला हो पेट
(दूरिया बनावेले मजबूरिया)
(दूरिया बनावेले मजबूरिया)
(घरवा छोड़ावेला हो पेट)
(दूरिया बनावेले मजबूरिया)
करी ला उपइया, घटे ना रुपइया
छछनेला हमहू करेके, रानी, भेंट
धनी, तनी बूझऽ हो लचरिया
धनी, तनी बूझऽ हो लचरिया
घरवा छोड़ावेला हो पेट
(धनी, तनी बूझऽ हो लचरिया)
(धनी, तनी बूझऽ हो लचरिया)
(घरवा छोड़ावेला हो पेट)
(धनी, तनी बूझऽ हो लचरिया)
अब एको बहाना राउर ना चली
बहाना! आ उहो तोहसे!
कबो हम कइले बानी, धन?
हाँ, "धन", "धन" कही के भुलवाई मत
हमार अंतिम फैसला सुन ली
फैसला!
जदि बहरा से घरे नहीं अइबऽ, बलम
साचे कहऽ तानी, जिंदा ना पइबऽ, बलम
(जदि बहरा से घरे नहीं अइबऽ, बलम)
(साचे कहऽ तानी, जिंदा ना पइबऽ, बलम)
(जदि बहरा से घरे नहीं अइबऽ, बलम)
(साचे कहऽ तानी, जिंदा ना पइबऽ, बलम)
जदि बहरा से घरे नहीं अइबऽ, बलम
साचे कहऽ तानी, जिंदा ना पइबऽ, बलम
एतना सताइबा, पाछे पछताइबा
देवे जदि होई जाइब खसरी प झूल
दिलवा ना लागेला, साँवरिया
दिलवा ना लागेला, साँवरिया
पिया भइलऽ गुलरी के हो फूल
(दिलवा ना लागेला, साँवरिया)
(दिलवा ना लागेला, साँवरिया)
(पिया भइलऽ गुलरी के हो फूल)
(दिलवा ना लागेला, साँवरिया)
हमार कसम रानी, तू अइसन कुछऊ ना करबो
ना आइबऽ ना, तब इहे होई
अरे, जिद मत करऽ, हमरो तनी मजबूरियऽ सुनबू?
अरे, बहुत कुछ सुन लेनी
आवा ना त हमर मरले मुँह देखबऽ
नई सोना, अइसन कुछ मत करीहऽ
हमार बात सुनऽ तानी
काहे रोवऽ तारू आ रोवावऽ तारू?
काम-धंधा छोड़ा के बोलवऽ तारू
(काहे रोवऽ तारू आ रोवावऽ तारू?)
(काम-धंधा छोड़ा के बोलवऽ तारू)
(काहे रोवऽ तारू आ रोवावऽ तारू?)
(काम-धंधा छोड़ा के बोलवऽ तारू)
काहे रोवऽ तारू आ रोवावऽ तारू?
काम-धंधा छोड़ा के बोलवऽ तारू
करी ना बहाना, कहेला Diwana
Ankit से लेव यदि छुट्टिया के date
राते-राते धरब रेलगड़िया
राते-राते धरब रेलगड़िया
कि घरवा छोड़ावेला हो पेट
छोड़ी गवना हरी मेहरिया
पिया भइलऽ गुलरी के हो फूल
दूरिया बनावेले मजबूरिया
घरवा छोड़ावेला हो पेट
छोड़ी गवना हरी मेहरिया
पिया भइलऽ गुलरी के हो फूल
छोड़ी गवना हरी मेहरिया