Skip to content
Lyric
Dive
Public playlists
My playlists
Search
Sign in
Reliya Re
Shilpi Raj
Popularity · Moderate
+
🇮🇳 Hindi · Original
0
0
Listen
YouTube
1
2
3
0:00 / 0:00
Loading YouTube player...
Lyrics offset
Synced
Lyrics
Original
Translation
Bilingual
(हमरो के ओहि देशे ले चलते रेलिया रे)
रोजे-रोजे जाले तू तऽ पिया के नगरिया
कहियो ना आवस तोरा संगे मोर साँवरिया (संगे मोर सांवरिया)
हाँ, रोजे-रोजे जाले तू तऽ पिया के नगरिया
कहियो ना आवस तोरा संगे मोर साँवरिया
नाही आवे उनकर सन्देश रे
हमरो के ओहि देशे ले चलते रेलिया रे
पियवा बसेले जवना देश रे
हमरो के ओहि देशे ले चलते रेलिया रे
पियवा बसेले जवना देश रे
(पियवा बसेले, बसेले)
(देश रे)
नया नौहर कनिया अईनी आवते जोगिनिया भईनी
जननी ना पियवा के प्यार हो प्यार हो
ए, दिनवा आ रतिया हो भईल सवतिया हो
पिया के नोकरिया हमार हो
पगली के भईल बाटे भेष रे
हमरो के ओहि देशे ले चलते रेलिया रे
पियवा बसेले जवना देश रे
पियवा बसेले जवना देश रे
(हमरो के ओहि देशे ले चलते रेलिया रे)
सोरहो सिंगरवा तरसे Shilpi के अँखिया बरसे
पिया मिलन के जागल आस रे
माहुर लागेला पनिया आशु आके कहिते धनिया
अतने के बड़ुवे पियास रे
सहलो ना जाला अब कलेश रे
करिले निहोरा तोहसे ले चलते रेलिया रे
पियवा बसेले जवना देश रे
पियवा बसेले जवना देश रे