Skip to content
Lyric
Dive
Public playlists
My playlists
Search
Sign in
Dafa 406
Chhotu Shikari - Topic
Popularity · Low
+
🇮🇳 Hindi · Original
0
0
Listen
YouTube
1
2
3
0:00 / 0:00
Loading YouTube player...
Lyrics offset
Synced
Lyrics
Original
Translation
Bilingual
बोल भाई, काहे ला निरास बाड़ऽ तू?
का भइल बाटे कि उदास बाड़ऽ तू?
पीठ-पीछे करे तोर बुराई भले दुनिया
भाई खातिर सबका से खास बाड़ऽ तू
कुछ लोग आपन चाँदी चमकावल चाहेला
गोड़ ध के तोरा के गिरावल चाहेला
कुछ लोग इहाँ बाटे भुखाइल fame के
नाम लेके तोर आगे आवल चाहेला
मुसीबत जब मरद प आवेला, भाई
तब पूरा दुनिया ई मजा लेवेला
जवना तू रस्ता प निकलल बाड़ऽ
ऊ प बदनामी साथे साथ मिलेला
रोज नया-नया विवाद मिलेला
डेगे-डेगे, सुनऽ, इहाँ घात मिलेला
दुस्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई, अपने ही लोगवा के हाथ मिलेला
रोज नया-नया विवाद मिलेला
डेगे-डेगे, सुनऽ, इहाँ घात मिलेला
दुस्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई, अपने ही लोगवा के हाथ मिलेला
खुसी में हमेसा खड़ा रहे वाला लोग
नजर ना आवे जब आवे दुख त
पीठ-पीछे गाली आ सिकायत करेला
Photo डाल के लिखेला "भाई" Facebook प
चाहऽ तारऽ जेकर कुछ काम करेला
जियल तहार उहे अब हराम करी हो
जेकरा के भाई लेखा मनबऽ तू आपन
उहे तहरा के बदनाम करी हो
आदमी से आदमी के प्यार ना रहल
केहू अब इहाँं वफादार ना रहल
साँप से भी ज्यादा जहरीला हो गइल लोग
देखे के ई अब दिन-रात मिलेला
रोज नया-नया विवाद मिलेला
डेगे-डेगे, सुनऽ, इहाँ घात मिलेला
दुस्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई, अपने ही लोगवा के हाथ मिलेला
रोज नया-नया विवाद मिलेला
डेगे-डेगे, सुनऽ, इहाँ घात मिलेला
दुस्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई, अपने ही लोगवा के हाथ मिलेला
सभे बा बटाइल इहाँ जात-पात में
माई के दियाता गाली बात-बात में
पूरा देस के नेता लोग बर्बाद करऽ ता
लेके अलग-अलग धरम के झंडा हाथ में
Media भी अब त बिकाऊ हो गइल
झूठ के सच, सच के झूठ लिखऽ ता
कोठा वाली से भी सस्ता में अब त
निमन-निमन लोग के ईमान बिकऽ ता
गलती प बरियार के सजाए ना मिले
रोवत रहेला गरीब, पर न्याय ना मिले
Justice सड़क प आके माँगे वाला लोग के
बाद में जरूरत प ना साथ मिलेला
रोज नया-नया विवाद मिलेला
डेगे-डेगे, सुनऽ, इहाँ घात मिलेला
दुस्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई, अपने ही लोगवा के हाथ मिलेला
रोज नया-नया विवाद मिलेला
डेगे-डेगे, सुनऽ, इहाँ घात मिलेला
दुस्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई, अपने ही लोगवा के हाथ मिलेला
के का कहऽ ताटे, भाई, इहाँ छोर
सेर जब चले त सियार करे सोर
जवन आज जलऽ ताटे, करेला बुराई
सफल होखबे त कही खुद खास तोर
लोग का कहऽ ता एहपऽ ध्यान मत द
Overtake क के निकलऽ तू चाप के
दुनिया के बात प उदास ना रहऽ
बरी गर्व बाटे तहरा प बाप के
बात एगो हमरो तू याद रखीहऽ
अभी जे बा साथ, ओके साथ रखीहऽ
दिल, ए सिकारी, तू ना केहू के दुखइहऽ
बुरा हरमेसा ना हालात मिलेला
रोज नया-नया विवाद मिलेला
डेगे-डेगे, सुनऽ, इहाँ घात मिलेला
दुस्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई, अपने ही लोगवा के हाथ मिलेला
रोज नया-नया विवाद मिलेला
डेगे-डेगे, सुनऽ, इहाँ घात मिलेला
दुस्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई, अपने ही लोगवा के हाथ मिलेला